घिरि घिरि आयेल मेहरा

घिरि घिरि आयेल मेहरा

भोजपुरी

घिर घिर आयेल मेहरा
बरसले बरसात
कइसे कटाईब सजनी, एकसरुआ के रात।
लुक झुक झिपईत संझा
भरि रहली कलेस
पंछी उड़ल परदेशिया
नाहीं सुनले सनेस
कइसे सुनाईब सजनी दिलजरुआ के बात।
झिसि फिसि झटकत लहरा
तन सिहरे बयार
बटिया में चमके बिजुरिया
घन-अँचरा पसार
कइसे सजाइब सजनी कलपत अहिबात।
नयना के छिछली पोखरिया
भरि भरि उपिटाय
सेजिया पर सहमल निदिया
रहि रहि अलसाय
कइसे बिताईब सजनी अइसन बरसात।

अशांत द्वारा भी